BREAKING NEWS
Search

नेपाल से वीडियो भेज 37 बिहारी मजदूर सरकार से लगवले वतन वपसी के गोहार , एक सप्ताह से भूखे – पियासे पुलिसिया दमन के बिच कट रहल बा 37 गो बिहारी मजदूर लोग के जिंदगी

निहोरा :- मुख्यमंत्री औरी प्रधानमंत्री जी जल्दी से हमनी अपना देश में बोला ली

मजदूर कहले”- भूखे पियासे पुलिसिया दमन के बिच हमनी के कट रहल बा जिंदगी

नेपाल : बिहार के 37 गो मजदूर नेपाल से भोजपुरिया बयार के वीडियो भेज आपन दुःख भरल दस्तान सुनवले बाड़े . बिहार के गोपालगंज जिला के हथुआ प्रखंड के सोहागपुर गाँव निवासी वीरू सिंह भोजपुरिया बयार से बातचीत के दौरान बतवले की बिहार के गोपालगंज औरी सीवान जिला के 30 गो मजदूर औरी यूपी के कुशीनगर जिला के सातगो टोटल 37 मजदूर नेपाल के सिरहा जिला के मिर्चईया स्थित सौर्या सीमेंट स्थित कम्पनी में काम करत रहले ह . 21 अप्रैल के कंपनी के द्वारा बोलल गइल की कोरोना के चलते काम धंधा बंद बा एहिसे सगरी मजदूर अपना – अपना घरे चल जाव लोग . कंपनी में कुल 37 मजदूर बिहार यूपी के काम करत रहले ह . बुरु सिंह बतवले की जब हमनी के सिरहा से अपना देश भारत में आवे खातिर भारत नेपाल बोर्डर पर अइनी जा तबे ही नेपाल पुलिस द्वारा 37 आदमी के गिरफ्तार कर के एगो बिल्डिंग रख दिहल गइल . सगरी लोग के लगे जवन खाए पिए वाला समान बैग में रहल ओहिसे कुछ दिन कम चलल ओकरा बाद से लगे के समान जब खत्म हो गइल तब सगरी के अब भूख से हालत खराब होखे लागल बा . हमनी के अपना देश में आवे के चाहत बानी जा . बिहार के मुख्यमंत्री जी औरी देश के प्रधानमंत्री जी से हमनी के निहोरा बा की जल्दी से हमनी के अपना देश औरी गाँवे बोला लिहल जाव .

देखी वीडियो में कईसे बिहारी मजदूर मदत के गोहार लगा रहल बाड़े




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *