BREAKING NEWS
Search

भारत में कोरोना से अभी तक 652 लोग के मौत, 20471 लोग संक्रमित

नई दिल्ली : कोरोना वायरस के  बीमारी तेजी से पांव पसारते  जा रहल बा  . ऐह  महामारी के  देखते सरकार देश में 25 मार्च से ही लॉकडाउन लागू कर देहले बा , जवन  3 मई तक जारी रही . भारत में कोरोना वायरस संक्रमण के नया  मामला  में अचानक एक बार फिर से तेजी देखे के मिल रहल बा  . पिछलका  24 घंटा में कोरोना वायरस के 1383 नया मामला  सामने आईल बा , जबकि चैबिस घंटा में  50 लोग के  मौत हो गईल. बुधवार के  जारी स्वास्थ्य मंत्रालय के आकड़ा  के मुताबिक, देशभर में  संक्रमित लोग के  संख्या बढ़ के  19,984 हो गईल बा . जबकि , मरे वाला के आंकड़ा 640 पहुंच गईल. अभी तक 15474 एक्टिव केस बा . एकरा अलावा , 3870 लोग पूरी तरह से ठीक हो चुकल बा . 

पीएम मोदी 27 अप्रैल के करिहे देशभर के मुख्यमंत्री लोग  के साथे  बैठक

प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी 27 अप्रैल के  प्रदेश भर  के मुख्यमंत्री लोग के साथे  बैठक करिहे . सूत्र लोग  के हवाला  से प्राप्त जानकारी के अनुसार पीएम मोदी ऐह  बैठक में राज्य  के मुख्यमंत्री लोग  के साथे  एक बार फिर लॉकडाउन बढ़ावे  पर चर्चा कर सकत बाड़े .




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *