BREAKING NEWS
Search

अब गोपालगंज जिला के किसान लोग करिहे सोलर पंप से खेत के पटवनी , सरकार दे रहल बा 75 प्रतिशत अनुदान

गोपालगंज। फसल के पटवनी करे खातिर अब सरकार के द्वारा  किसान लोग के विकल्प उपलब्ध करावे के  पहल कईल  गईल बा । अब किसान सोलर पंप से फसल के  सिचाई कर सकिहे । मुख्यमंत्री नवीनीकरण योजना के तहत किसान लोग के  अनुदान पर सोलर पंप उपलब्ध करावल जाई । जिला कृषि विभाग ऐह  योजना के  लाभ किसान लोग के देबे खातिर  कवायद शुरू कर देहले बा । अईसन  किसान लोग के फसल के  सिचाई करे खातिर ना त  बारिश होखला के  इंतजार करे के पड़ी औरी नाही  डीजल पंप पर निर्भर रहे के पड़ी । किसान लोग  अनुदान पर सोलर पंप खरीद के अपना फसल के सिचाई कर सकिहे ।बिहार  सरकार  मुख्यमंत्री नवीन – नवीनीकरण योजना के तहत किसान लोग के  अनुदानित दर पर सोलर पंप उपलब्ध करावे के  पहल कईल गईल बा । ऐ  पहल के तहत सरकार  बिहार के सगरी  जिला  में सोलर वाटर पंप लगावे के  दिशा में कार्रवाई करे के निर्देश जारी कईले बा । प्रत्येक जिला खातिर  लक्ष्य भी निर्धारित कर दिहल गईल बा । सरकार से निर्देश मिलला के बाद जिला कृषि विभाग  किसान लोग  से विहित प्रपत्र में आवेदन लेबे के  कवायद शुरू कर देहले बा । पहिलका  चरण में जिला  में 84 सोलर पंप लगावे के  लक्ष्य मिलल बा । अनुदान पर किसान लोग के   सोलर पंप उपलब्ध करावल जाई ।

जानी का बा सरकार के  योजना

खेत के सिचाई खातिर  किसान लोग के  दो व तीन बीएचपी के सोलर पंप के देबे  के  निर्णय सरकार लेहले बा । दु बीएचपी के सोलर पंप पर दो लाख पांच हजार 800 रुपया के  लागत आई । एकरा खातिर  किसान लोग के  51 हजार 540 रुपया ही देबे के होई। तीन बीएचपी के सोलर पंप पर कुल लागत 2,69,850 रुपया आई । किसान लोग के  67 हजार 463 रुपया देबे के होई ।

पांच एकड़ तक खेत वाला के मिली  योजना के  लाभ

ऐह योजना के  लाभ खाली ओही किसान लोग के मिली जेकरा लगे  कम-से-कम एक एकड़ जमीन होई । एक से पांच एकड़ जमीन वाला  किसान लोग के ऐह  योजना के  लाभ दिहल जाई । पांच एकड़ से अधिक जमीन वाला  किसान लोग के ऐह  योजना के  लाभ ना मिली ।

75 प्रतिशत तक सब्सिडी दे रहल बा  सरकार

 वाटर सोलर पंप लगावे वाला   किसान लोग के  सरकारी स्तर पर 75 प्रतिशत तक अनुदान मिली । किसान लोग के  कुल लागत खर्च के  25 प्रतिशत रुपया ही देबे के होई  । अनुदान के  राशि में 25 प्रतिशत राशि केंद्र सरकार  50 प्रतिशत राशि राज्य सरकार दे रहल बा ।




Leave a Reply

Your email address will not be published. Required fields are marked *